प्रभु यादव, बारा,फाल्गुन ०७।। बारा के कलेया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्बर १८ पैखाना मुक्त घोषण भईल बा । साविक मोतिसर गाउँ विकास समिति के ५४ वा पैखाना मुक्त घोषणा कईल गईल बा । बारा मे पहिले रहल ९८ गाउँ विकास समिति अा एक गो नगरपालीका मे से ५४ गो पेखाना मुक्त घोषण होगईल । अभि बनल स्थानीय तह मे से दु गो उपमहानगरपालीका , पाच नगरपालीका अा नव गाउपालीका मे से कुछ गावपालीका बैशाख तक मे पुर्ण घोषण होए के तयारी मे रहल बा ।
कलेया के १८ नम्बर वार्ड के अध्यक्ष अमिका प्रसाद यादव के सभापतित्वमे , मेयर राजेश राय यादव के प्रमुखअतिथि मे भईल कार्जक्रम मे उपमेर रहिमा खातुन , प्रमुख प्रशास्किय अधिकृत शिव प्रसाद रिजाल , उप सचिव गोविन्द सिग्देल , खानेपानी तथा सरसफाई के गोपी भगत , युनिसेफ के हिरालाल चौधरी , नगर के वातावरण शाखा के रामजी मण्डल अउरी २७ वार्ड के अध्यक्ष सहित समुदाय के लोग के सहभागीता रहल रहे । वार्ड मे सात सय ३७ घर मे से सात सय ३१ घर मे सिपटी रहल बा अउर छव घर सयुक्त मे रहल वार्ड सचिव हर्देव साह जनकारी करावले रहलन ।