CIN Nepal (BSN)
Ultimate magazine theme for WordPress.
जितपुरसिमरा समाजिक संदेश
देवताल psa

हुण्डी कारोबारी से ७ लाख रोपेया घुस लेहल आरोप मे तीन पुलीस कारबाही मे

हुण्डी कारोबारी से ७ लाख रोपेया घुस लेहल आरोप मे तीन पुलीस कारबाही मे

फेटा GP PSA
1,780
सिम्रौन्गढ़ नपा psa

वीरगंज १५ फागुन,

पर्सा मे हुण्डी कारोबारी से ७ लाख रोपेया घुस लेके भरिया के छोडल आरोप मे तीन जने पुलीस कारबाही मे पडल बाडन । पुलीस चौकी इनर्वा के इन्चार्ज प्रहरी सहायक निरीक्षक पूर्णबहादुर तामाङ, प्रहरी हवल्दार विष्णुदयाल चौधरी आ प्रहरी जवान राजकुमार गुरुङ कारबाही मे पडल बाडन ।

प्रसौनी गापा सामाजिक संदेश ०७८
सुवर्ण gp psa
आदर्श कोतावल सामाजिक संदेश

घुस लेहल ६ लाख ३५ हजार पईसा सहित उलोग के आउर कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के जिम्मा लगवले बा ।

प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे उलोग घुस के पइसा लेहल पुष्टि भईला के बाद आउर कारबाही के खातिर बियफे के दिने अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय हेटौंडा मे बुझावल गईल पुलीस के कहनाम बा । फागुन १४ गते नियन्त्रण मे लेके उलोग उपर अनुसन्धान सुरु कईल पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक विरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।

हुण्डी कारोबारी से पइसा लेके भरिया के छोडल मिलला के बाद उलोग के कारबाही के खातिर अख्तियार के जिम्मा लगावल गईल शाही बतवनी ।
स्रोत के मुताविक असई तामाङ नेतृत्व के टोली फागुन ८ गते दिनके मुसहर्वा से २० लाख नेपाली रोपेया हुण्डी के रोपेया सहित १ जने भरिया के पकडले रहे । पकडाईल आदमी भारत रक्सौल के हुण्डी कारोबारी फुल हसन के भरिया रहलन ।

Karaiya Mai Notice Winter

पुलीस भरिया के नियन्त्रण मे लेहला के बाद मिडियटर मार्फत मुख्य कारोबारी हसन से घुस के रोपेया खातिर बार्गेनिङ भईल रहे । ओकरा बाद असई तामाङ नेतृत्व के टोली ७ लाख रोपेया लेके भरिया के छोडले रहे । ई गतिविधि मे लागूऔषध अनुसन्धान ब्यूरो मे कार्यरत प्रहरी जवान अवधेशकुमार यादव भी संलग्न रहलन ।

माकिर बाद मे अवधेश प्रतिवेदक के रुप मे अगाडि बढला के बाद उलोग तीनु जने कारबाही मे पडल बाडन । भागवण्डा मे हाथ मे पडल १ लाख २५ हजार रोपेया बुझावत यादव प्रतिवेदक बनल बाडन ।

“उलोग भरिया के छोडला मे ७ लाख रोपेया लेहले रहलन, ४ लाख असई तामाङ, १ लाख ७५ हजार हवल्दार चौधरी आ १ लाख २५ हजार प्रतिवेदक यादव बुझले रहलन,” कहत डीएसपी साही, “तामाङ के साथ से ४ लाख, हवल्दार चोधरी ६५ हजार दोसर के हि देहला के चलते १ लाख १० हजार बरामद भईल बा आ यादव से बुझावल १ लाख २५ हजार करके ६ लाख ३५ हजार सहित उलोग के कारबाही के खातिर अख्तियार के जिम्मा लगावल गईल बा ।”

यादव पुलीस अनुसन्धान मे सहजोग करत प्रतिवेदक बनला के बाद उनका विरुद्ध कारबाही प्रक्रिया अगाडि ना बढावल गईल डीएसपी शाही बतवनी ।

साभार – bhojpuritimesdaily

परवानीपुर समाजिक संदेश
कोल्हवी समाजिक संदेश