CIN Nepal (BSN)
Ultimate magazine theme for WordPress.
जितपुरसिमरा समाजिक संदेश
देवताल psa

पूर्वगाविस सचिव पकडईलें

पूर्वगाविस सचिव पकडईलें

फेटा GP PSA
1,019
सिम्रौन्गढ़ नपा psa

वीरगंज २५ फागुन,

पर्सा पुलीस नक्कली नेपाली नागरिकता बनावे के काम मे संलग्न रहल आरोप मे एक पूर्वगाविस सचिव के पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका–१६ स्थित घर से पूर्वगाविस सचिव विन्दाप्रसाद साह पकडाईल बाडन ।
नक्कली नागरिकता बना रहल विशेष सूचना के आधार मे पुलीस साह के घर मे आजु सबेरे छापामारी कईले रहे । बहुदरमाई – ७ रामनगरी के साह पिछिलका समय वीरगंज मे घर बना के रहत आईल रहलन ।

प्रसौनी गापा सामाजिक संदेश ०७८
सुवर्ण gp psa
आदर्श कोतावल सामाजिक संदेश

साह के घर से चार दर्जन से बेसी नक्कली नागरिकता, अनेकन आदमी के फोटो, जन्मदर्ता, वियाहदर्ता प्रमाणपत्र, नागरिकता बनावे के खातिर भरेवाला अनुसूची फारम भी बरामद भईल प्रहरी स्रोत जनवले बा ।

घर के एगो कोठरी मे ताला लगावल मिलला के बाद पुलीस ताला फोरले रहे । कोठरी भितर राखल बक्सा के ताला फोर के देखला पर दु गो सिरानी भितर नागरिकता लगायत के कागजात बरामद कईल रहे । साह स्वयं भी बाक्सा मे लुका के बईठल रहलन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त नक्कली नागरिकता के सम्बन्ध मे शंकास्पद आदमी पकडाईल जानकारी देहनी ।

Karaiya Mai Notice Winter

उ अनुसन्धान के बाद विस्तृत जानकारी देवे सकेके बतवनी ।

तीन दिन पहिले नक्कली नागरिकता सहित जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे राहदानी बनावे पुगल अभिषेक साह पकडाईल रहलन । उहे घटना के अनुसन्धान के समय मे पुलीस विन्दा साह तक पुगल बा । नक्कली नागरिकता बनावे के काम मे गिरोह हि संलग्न रहल आशंका मे पुलीस अनुसन्धान प्रक्रिया अगाडि बढवले बा ।

माकिर विन्दा साह पकडाईल बात सार्वजनिक भइला से गिरोह के आउर सदस्य पकडे खातिर पुलीस के समस्या होखेके एक प्रहरी अधिकारी बतवनी ।
साह के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस बतवले बा । छापा मारला पर साह के तीन गो नागरिकता बरामद पुलीस बतवले बा । साह ४० हजार रोपेया मे एगो नागरिकता बनावत आईल बयान प्रहरी अधिकारी के देहले बाडन ।

पर्सा के साविक डोकैला बहुअरी गाविस सचिव रहल समय साह उपर आर्थिक हिनामिना कईल आरोप मे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मुद्दा दर्ता कईले रहे ।

मुद्दा मे विशेष अदालत साह के दोषी ठहर करत ५ महिना कैद सजाय के फैसला कईले बा । उ कैद सजाय भुक्तान करके २ बरीस पहिले छुटल रहनी ।

साभार- bhojpuritimesdaily bhojpuritimesdaily

परवानीपुर समाजिक संदेश
कोल्हवी समाजिक संदेश